Bhojpuri में पढ़ें- जिनगी के बुझउवल बुझावत कुछ सदाबहार गीत
जिनगी का ह, एकर कवनो निश्चित परिभाषा नइखे. केहू खातिर जिनगी सुंदर बा, केहू खातिर कुरूप. केहू ए जिनगी के जी भर के जिए के चाहत बा, केहू मौत के भीख माँगत बा. केहू के जिनगी सतरंगी इंद्रधनुष लेखां बुझाले, केहू के जरजर करिया मेह जइसन लागेले. आज जे अपना जीवन पर इतरा रहल बा, काल्ह असहीं एकर गुणगान करी, एकर कवनो गारंटी नइखे. जे दूध में बताशा बोर-बोर के खाता, काल्ह ओकरा के ई जिनगी छूंछो भात ठेकाई कि ना, नइखे पता. सरपट मैदानी पगडंडी जइसन जिनगी कब हिमालय के पहाड़ी-पथरीली ऊंचाई-चढ़ाई वाली सड़क में बदल जाई, केहू के भान नइखे. कहे के माने बा, मन्ना डे गवले बाड़ें, “जिंदगी ... कैसी है पहेली हाए, कभी तो हँसाए, कभी ये रुलाये”.
From Latest News मनोरंजन News18 हिंदी https://hindi.news18.com/news/entertainment/bhojpuri-manna-day-hit-song-zindagi-kaisi-hai-paheli-haaye-it-define-the-life-bhojpuri-songs-manoj-bhawok-4583129.html

Tags:
मनोरंजन